KGF अब भोजपुरी मे : उड़ा दिहलस गरदा, अतना कमाई सुन के भकुआ गइने तिवारी बाबा, जानी कतना लोगन देखनी ह सन….

KGF in Bhojpuri : अइ हो दादा हई केजीएफ त जब से भोजपुरी में आइल बा गरदा उड़ा देहले बा हो गरदा।

तिवारी बाबा पटना से देख के अइनीं त लुटावन कक्का के बतइनी कि लोगन बतावत रहनी ह,

कि हई फिलिम नूं 15 सौ करोड़ कमइले बा।

कमाई सुन के लुटावन कक्का लरबरा गइनी।

कहनी ये बाबा ….अतना रूपिया त हमारा पूरी गुस्टी ना देखले बिया।

बुड़बक बनावतानी का जी रउआ ?

अतना रूपिया कौनो फिलिम ना कमा सकेला –?

अतना सुनते त तिवारी बाबा के कपार प काली चढ़ गइनी।

दादा….हो दादा….बेलचा उठा के अ लुटावन कक्का के दौड़ा लिहलन।

लुटावन कक्का आगे- आगे अ तिवारी बाबा पीछे- पीछे चललन स पराइ।

हई बात गांव के सरपंच बबा के बतउलन….

कहलन की अब तक हे फिलिम के यूट्यूब पे कुल 616 मिलियन व्यूज मिल चुकल बा।

अ 5.9 मिलियन लाइक्स ….!

त रउअइ बताईं अतना कमाई अ अतना व्यूज वाली फिलिम कौनो दोसर बिया का ?

अतना बात होते रहल कि तब तक लुटावन कक्का

सरपंच जी के दुरहिन से कहलन कि बचा लीं ए बबुआन…..हमर जान बचा लीं।

नाहिं त आज तेवारी बाबा हमार काशी-काबा सब बिगाड़ दिहन।

अ चट्ट धनी जा के सरपंच के पीछे लुका गइनी।

बेलचा ताने तेवारी बबा ओने आ गइनीं।

सरपंच बबा कहनी….गोड़ लागतानी ये देवता….।

तेवारी बाबा पान के पीक मेड़ के किनारे थूकनी अ कहनी कि जियत रहीं ये बबुआन…।

अतना देर में उनकर निगाह लुटावन पे पर गइल त लगलन हनुमान नियन छड़पे।

कहलन कि बबुआन आज हे….लुटवना नतिया के त हम ना छोड़ब।

ओने से लुटावन चिचियावतानी बबुआन….रउआ छोड़नी त तेवारी बबा हमर ले लिहन परान।

तोहनी के का झगरा ह शांति से बतावा सन। हई मार धाड़ छोड़ द।

तेवारी बबा कहलन कि बबुआन हई KGF in Bhojpuri के झगरा ह।

हई बात सरपंच के खोपड़िये में ना घुसल। कहनी हे…. महराज…. हई केजीएफ कोंची ह जी ?

सुन के तेवारी बाबा भकुआ गइनी। कहनी का …ये बबुआन….अतना बड़हन फिलिम के रउआ नाम नइखी जानत ?

अचानक सरपंच के दिमाग में आइल कि लागता हई तेवारी बबा कालि पटना गइल रहनी ह…

त केजीएफ देखले होइहन उही के परभाव बा।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button